Thursday, January 15, 2009

मंत्री जी अब त उठ जा

चुनाव के सब वादा भुला गईलs
जनता के बहुत गुमराह कईलs
देश के गद्दी से हट जा
मंत्री जी अब त उठ जा

लाउडस्पीकर में रतिया-भर चिल्लैला
सुतल-जियल सबके मुश्किल कईलs
सरबत पीयाइके वोट मंगलs
मंत्री जी हमसे बहुत दगा कईलs

पोस्टर-फोटो घरवा पर चिप्कौला
दुआर पर भिक्षुक बनके हाथ फैलौला
मोह-दया करके हम वादा कईनी
मंत्री जी पर हम वोट नष्ट कईनी

टीवी पर चुनाव समाचार देखनी
सबसे पार्टी के हम बडाई कईनी
संत्री-तंत्री से भी वोट डलवौनी
मंत्री जी के हम जय-जयकार कईनी

चुनाव जीतके मंत्री जी पलट गईलन
धक्का मारके सबके बाहर कईलन
महँगाई और आतंकवाद मुद्दा बन गईल
मंत्री जी के भाषण पहिला पेज पर छप गईल

राजनीति के दाँव-पेच हमार समझ में ना बा
दल-बदलू नेता लोगन के चाल काबू में ना बा
अगिला चुनाव में मंत्री के बाजा बजा जा
नहीं त हे इश्वर ! मंत्री जी के अब तू उठा जा

दिलसे बोलs - "मंत्री जी अब त उठ जा"
खिलके बोलs - "मंत्री जी अब त उठ जा"
मिलके बोलs - "मंत्री जी अब त उठ जा"
खुलके बोलs - "मंत्री जी अब त उठ जा"


शैलेश मिश्र ( अमेरिका )
१३ नवम्बर २००८

0 Comments:

Post a Comment

Subscribe to Post Comments [Atom]

<< Home