Monday, March 01, 2010

होली में होला मचल




होली में होला मचल !
==============

फगुवा बयार चलल,
नेह के अबीर उडल

गुलाल गाल में परल,
मुह में मालपुआ गलल

रंग के पिचकारी चलल,
होली के त्यौहार लगल

लोग अपना से गला मिलल
सौंसे सरीर नीला पीला रंगल

भांग ठंडई दूध में घुलल
सगरो लोगन के दिमाग घुमल

अबकी होली में जेके छुट्टी न मिलल
ओकर कंप्यूटर ईमेल से रंग बरसल

रघुबीर अवध से गईलन निकल
दुनिया में होली बहुत गईल बदल

सा रा रा रा के सुर बंधल
फगुवा गजब होली में होला मचल !

रंगों के पर्व होली की हार्दिक शुभकामनाएँ...

शैलेश मिश्र
टेक्सास, अमेरिका
१ मार्च २०१०

http://www.bhojpuriexpress.com/forum/topics/2145983:Topic:83823

0 Comments:

Post a Comment

Subscribe to Post Comments [Atom]

<< Home