Sunday, April 04, 2010

देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...



देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...

अगर हम सानिया मिर्ज़ा बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
अरब के संख्या में हिन्दुस्तानी
बियाह करेके पाकिस्तानी चाहीं

अगर हम सोनिया गाँधी बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
भारत-माता के इटालियन बहू
सौंसे हिंदुस्तान नचावल चाहीं

अगर हम माधुरी दीक्षित बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
फिल्म-सितारा कवनो ना जमल
अमेरिका में नेने के नैना बानी

अगर हम मल्लिका शेरावत बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
बोलीवुड फैशन पुरान भइल साड़ी
लोसएंजेलेस हॉलीवुड में नागरिक बानी

अगर हम एम्.ऍफ़. हुसैन बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
भारत के नागरिकता नइखे मंज़ूर
क़तर में करामात देखावत बानी

अगर हम ललित मोदी बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
आई.पी.एल में फिरंगी बल्लेबाज़
चीयर लीडरो अब बिदेसी चाहीं

अगर हम इंडिया में इंडियन बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं ...
भारत में ढ़ेर मिले घर के मुर्गी
दूर बिदेसी माटी के गमक चाहीं

--
शैलेश मिश्र
डैलस, टेक्सास (अमेरिका)
४ अप्रैल २०१०


http://www.bhojpuriexpress.com/forum/topics/2145983:Topic:88502

1 Comments:

At 2:56 AM , Blogger SURESH said...

change the picture of without kashmir india

 

Post a Comment

Subscribe to Post Comments [Atom]

<< Home